From Wikipedia, the free encyclopedia
आँकलन मने कौनों चीज के जाँच के ओकरा परिणाम अनुसार ओ चीज के क्वालिटी बतावल बाटे। बाकी इहाँ एकर बिसेस अर्थ बा विकिपीडिया पर बनल लेखवन के अपनी राय अनुसार उन्हन के क्वालिटी बतावल। ए से इन्हन के एगो दर्जा मिल जाला जेवना से पता चलेला की लेख कवनी अवस्था में बाटे आ अबहिन ओम्मेन केतना बिस्स्तार आ सुधार करे के बाटे।
ढेर जानकारी चाहत होखीं त अंग्रेजी में देखीं: Article assessment section जहाँ ई आँकलन कइसे काम करेला एकर नीमन जानकारी दिहल बाटे।
एही से आप सुरुआती लेख, C-क्लास लेख, B-क्लास लेख के पहिचान क के उन्हान के आँकलन कर सकत बानी, बाकी कौनों लेख के ए से बढ़ियां निसान देवे खातिर नामांकन करे के पड़ी आ मतदान से ई फ़ैसला होई।
आँकलन करे खातिर ई साँचा एकरी जरूरी पैरामीटर की साथे जोड़ीं:
लेखवन के निसानी देवे खातिर आमतौर पर ई चीन्हा प्रयोग मे आवेला:
दर्जा | पैमाना | पढ़े वाला की नजर में | संपादन सुझाव | उदाहरण | ||
---|---|---|---|---|---|---|
FA | लेख के पैमाना की अनुसार ऑफिशियल तरीका से बीछल लेख चुन लिहल गइल होखे।
|
प्रोफेशनल, बेहतरीन, आ गहिराई ले ज्ञान देवे वाला; ज्ञानकोशीय जानकारी के निश्चित सोर्स बने लायक। | जबले कौनों नया जानकारी ना आ जाव, या निश्चित समय पर बदले वाला आँकड़ा नियर चीजन के छोड़ के अउरी कौनों सामग्री जोड़ले के जरूरत ना होला; ई संभव बा की गद्य की भाषा में कुछ सुधार जरूर हो सकेला। | Water fluoridation (August 2014 के अवतरण) |
||
A | लेख बढ़ियां से लिखल होखे आ पूरा होखे, निष्पक्ष समीक्षा हो चुकल होखे आ समीक्षा की बाद सहमति होखे या प्रबंधक ए के समीक्षा में पास कर चुकल होखें, एके 'नीक लेख' चुनल गइल होखे ई कौनों जरूरी नइखे।
|
पाठक खातिर खूब उपयोगी होखे बिसय के लगभग पूरा बाति कवर हो गइल होखे आ बिसय से अनजान आदमी भी लेख पढ़ के संतुष्ट महसूस करे। | बिसय के एक्सपर्ट के सुझाव आ सुधार के जरूरत हो सकेला आ इस्टाइल में सुधार संभव बाटे। | Battle of Nam River (June 2014 के अवतरण) |
||
GA | लेख नीक लेख के दर्जा पा चुकल होखे।
|
सगरी पढ़े वालन खातिर उपयोगी होखे, बिना कौनों समस्या के; एगो प्रोफ़ेशनल ज्ञानकोश की लेख लायक दर्जा ले लगभग पहुँच चुकल होखे, बाकी अभी कुछ मामूली सुधार बचल होखे। | कुछ सुधार जरूरी हो सकेला जेवना खातिर ए के कौनों बीछल लेख से तुलना कइल जा सकत बाटे। एक्सपर्ट लोगन के ज्ञान आ इस्टाइल में सुधार, मीडिया जोड़ के सजावट नियर कुछ काम कइल जा सकत बाटे। | YouTube (August 2014 के अवतरण) |
||
B | लेख में कौनों बहुत बड़ कमी न होखे आ कुछ सुधार बचल होखे जेवना की बाद ए के नीक लेख चुनल जा सके।
|
आम पढ़े वाला के ई न लागे कि अउरी जानकारी छूट गइल बाटे; हालांकि एही बिसय के बिद्यार्थी या रिसर्चर के जानकारी में कमी महसूस हो सकेला। | लेख में सामग्री के बिस्तार, अउरी सामग्री जोड़ले के आ एक्सपर्ट की ज्ञान के जरूरत हो सकेला। सपोर्ट करे वाला मीडिया आ फोटो, कोटेशन दिहल जा सकत बाटे। लेख के इस्टाइल में सुधार हो सकेला। | Apple Inc. (August 2014 के अवतरण) |
||
C | लेख में ठीक ठाक जा कारी जोड़ल जा चुकल होखे बाकी अभी कई तरह के महत्व वाली जानकारी छूटल होखे, या कुछ फालतू जानकारी होखे जेवना के हटावे के या दूसरी लेख में डाले के जरूरत होखे। लेख में संदर्भ होखे। लेख में अभी सफाई के जरूरत होखे।
|
पढ़े वाला के सामान्य जाकारी के अंदाज जरूर मिल सकेला बाकी आम पढ़े वाला के भी लेख में सामग्री आ संदर्भ के कमी खल सकेला। सामान्य जानकारी होखे बाकी औसत दर्जा के ज्ञान रकेह वाला भी ई महसूस क ले कि लेख पूरा नइखे। | लेख में काफ़ी सुधार के जरूरत हो सकेला, सामग्री जोड़े खातिर भी आ सफाई समस्या के समाधान खातिर भी। | Bishop (chess) (August 2014 के अवतरण) |
||
Start | लेख में बिस्तार शुरू हो चुकल होखे।
|
कुछ जानकारी मिले बाकी बहुत कुछ छूटल बुझात होखे। | सबसे पहिला काम कि कुछ बिस्वस्नीय संदर्भ जोड़ल जाय; भाषा के सुधार होखे, इस्टाइल में ढाले के जरूरत आ निबंध या बेतरतीब लिखल, कौनों ख़ाली पक्षपाते वाली बात लिखल होखे त ज्ञानकोष की भाषा में बदलल जाय। | Interval vector (February 2014 के अवतरण) |
||
stub | एगो बहुत सुरुआती लेख, जेवना में कह्हली बिसय के परिभाषा या मामूली बर्णन होखे, हालांकि अगर लेख में सामग्री ढेर भी होखे तब्बो ई आधार लेख कहल जाला अगर बहुत खराब तरीका से लिखल होखे।
|
बहुत कम जानकारी, लगभग डिक्शनरी नियर परिभाषा भर होखे या ए से कुछ अधिक होखे। बिसय के मतलब भी न बुझात होखे। | कौनों तरह के सामग्री जेवन बिस्तार करे में सहयोगी होखे जोड़ल जाय, कम से कम एक ठो संदर्भ दे दिहल जाय जेवना से बिसय के सही होख्ले के प्रमाण मिल जाव। चार पाँच लाइन के व्यवस्थित भूमिका लिख के सुधार दिहल जाव जेवना से सुरुआती लेख के दर्जा ले पहुँच जाय। | Crescent Falls (February 2013 के अवतरण) |
||
FL | लेख के फीचर्ड लिस्ट के दर्जा मिल गइल होखे।
|
प्रोफ़ेशनल इस्टेंडर के होखे; पूरा होखे, आ आइटम सभ की बारे में ठीक से आ संछेप में जानकारी देत होखे। | जौले नया जानकारी न उपलब्ध हो जाव, लिस्ट के अपडेट करे के जरूरति ना होखे के चाहीं। | List of National Basketball Association season assists leaders (April 2014 के अवतरण) |
||
List | विकिपीडिया की लिस्ट खातिर पैमाना पर ठीक उतरे, ई एगो ऐसल लेख होला जेवन मुख्य रूप से कौनों बिसय से संबंधित दूसर लेखवन की कड़िन के लिस्ट से बनल होला। | लिस्ट के कौनों सेट फार्मेट नइखे, बाकी ई तार्किक होखे के चाहीं आ पढ़े वाला खातिर उपयोगी होखे के चाहीं। | लिस्ट में विकिपीडिया की लेख सभ के जिंदा कड़ी के लिस्ट होखे के चाहीं, ठीक से नाँव दिहल होखे आ लिस्ट के आइटम नीक से बेवस्थित होखें। | List of Guggenheim Fellowships awarded in 1947 (January 2013 के अवतरण) |
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.