वाट फ्रा किउ
From Wikipedia, the free encyclopedia
From Wikipedia, the free encyclopedia
वाट फ्रा किउ, जेकरा के अंग्रेजी में टेम्पल ऑफ एमराल्ड बुद्धा (Temple of the Emerald Buddha) के नाँव से जानल जाला, थाइलैंड के सभसे पबित्र बौद्ध मंदिर मानल जाला। एह मंदिर के संकुल में कई गो भवन बाने आ ई बैंकाक के इतिहासी ग्रैंड पैलेस के लगे बा। एह में बुद्ध के पन्ना मूर्ती बाटे।
Wat Phra Kaew | |
---|---|
पन्ना बुद्ध के मंदिर | |
बेसिक जानकारी | |
अक्षांस-देशांतर | 13°45′5″N 100°29′33″E |
धर्म/मत | थेरवाद बौद्ध धर्म |
देस | फ्रा नाखोन इलाका, बैंकाक, थाइलैंड |
Architectural description | |
Founder | राजा राम प्रथम |
पूरा भइल | 1784 |
एकर निर्माण 1783 में सुरू भइल रहे, राजा राम प्रथम के आदेस से। पहिला राम, चाक्री बंस के पहिला शासक रहलें आ इनके बाद एह बंस के राजा लोग एह मंदिर के निर्माण, सुधार आ सजावट में लागल रहल। मंदिर के भीतर बुद्ध के हरियर पत्थर के लगभग 66 सेंटीमीटर (26 इंची) ऊँच मूर्ती बा जे सोनहरा बस्त्र पहिरले पद्मासन के मुद्रा में बाटे। एही से एकरा के एकरा के पन्ना बुद्ध के मुर्ती कहल जाला (हालाँकि, ई पन्ना रत्न के ना बनल हवे बलुक जास्पर नामक कीमती पत्थर के बनल हवे)।
मंदिर के परिसर में कई गो बिल्डिंग बा। मुख्य स्तूप, लाइब्रेरी आ मुख्य मंदिर के अलावा अउरी बिबिध धार्मिक आयोजन खातिर भवन बाड़ें। एह बिबिध किसिम के रचना सभ में मूल थाई शैली के चीज जरूर सामिल बा जे ओह जमाना में चलनसार रहे।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.