लेवांत (हवा)
पच्छिमी भूमध्यसागर में आ जिब्राल्टर के लगे बहे वाली पुरुआ लोकल हवा / From Wikipedia, the free encyclopedia
लेवांत (अंग्रेजी: Levant) चाहे लेवेंटर (अंग्रेजी: Levanter)[1] भूमध्यसागरीय क्षेत्र में बहे वाली पुरुआ लोकल हवा हवे। ई हवा पच्छिमी भूमध्य सागर आ दक्खिनी फ़्रांस में पुरुब से पच्छिम के बहे ले। जिब्राल्टर के इलाका में आ सटल स्पेन में एकरा के वेनितो दे लेवानते (Viento de Levante) चाहे लेवेंटर कहल जाला।
आमतौर पर स्पेन के पूरबी तीरे पर आ काडीज के खाड़ी में एकर दिसा कुछ उत्तर-पूरुब से होखे ला बाकी जिब्राल्टर जलजोड़ में फँस के बहे पर ई सीधा पुरुआ हो जाले जहाँ एकर अंग्रेजी नाँव लेवेंटर हवे।[2]