लूहि
भारत आ पाकिस्तान में गर्मी के सीजन में बहे वाली लोकल पछुआ हवा / From Wikipedia, the free encyclopedia
लूहि (अंग्रेजी: Loo winds) भारत आ पाकिस्तान में गर्मी की सीजन में बहे वाली लोकल पछुआ हवा हवे। लूहि तेज, धूर-धक्कड़ भरल, झकोरेदार, बहुत गरम आ सूखल लोकल हवा हवे। जे सिंधु-गंगा के मैदान में पच्छिम से पूरुब के बहे ले।[1] ई हवा बिसेस रूप से मई आ जून में सभसे बेसी बहे ले। एकरे बहुत गरम होखे (45 °C–50 °C or 115 °F–120 °F) के कारन सीधे ई हवा लाग जाए पर हीटस्ट्रोक, मने की गर्मी खा लेवे के सेहत संबंधी समस्या, हो सके ला।[1]
ई हवा एकदम कम नमी वाली होखे ले आ एही कारन एकर बनस्पति पर परभाव भी झुलसा देवे वाला होखे ला।[2]