लूनी नदी
From Wikipedia, the free encyclopedia
लूनी चाहे लूणी नदी भारत के राजस्थान राज्य में बहे वाली एगो नदी बा जे अरावली परबत के पुष्कर घाटी से निकल के थार के रेगिस्तान के दक्खिनी-पूरबी हिस्सा से हो के बहे ले आ कच्छ के रण में जा के दलदली जमीन में समा जाले। शुरू में एकर नाँव सागरमती हैवे आ गोबिंदगढ़ पार करे के बाद ई सरस्वती नदी से मिले ले आ तब एकर नाँव लूनी हो जाला। एह नदी के कुल लंबाई 495 किलोमीटर बा।