लुइसियाना
From Wikipedia, the free encyclopedia
लुइसियाना (अंग्रेजी: Louisiana) यूनाइटेड स्टेट्स ऑफ अमेरिका के एगो राज्य बा। ई राज्य अमेरिका के एकदम दक्खिनी हिस्सा में पड़े ला आ एह देस 50 गो राज्य सभ में 31वाँ सभसे बेसी बिस्तार वाला आ 25वाँ सभसे बेसी जनसंख्या वाला राज्य हवे। लुइसियाना के पच्छिम ओर टेक्सास राज्य, उत्तर ओर आर्कन्सा राज्य, पुरुब ओर मिसिसिपी राज्य आ दक्खिन में मैक्सिको के खाड़ी बा। एकरे आ मिसिसिपी राज्य के बीचा में, एकर पुरबी बाडर बहुत दूरी तक ले मिसिसिपी नदी द्वारा बनावल जाला। ई अमेरिका के एकलौता अइसन राज्य हवे जहाँ राज्य के कई गो पैरिश सभ में बिभाजन बा जे काउंटी के बरोबर दर्जा वाला उपबिभाग हवें। एह राज्य के राजधानी बैटन रोग नाँव के शहर हवे आ सभसे बड़ शहर न्यू ऑर्लियंस हवे।
Quick Facts स्टेट ऑफ़ लुइसियाना État de Louisiane (फ्रेंच), ऑफिशियल भाषा ...
स्टेट ऑफ़ लुइसियाना État de Louisiane (फ्रेंच) | |
---|---|
ऑफिशियल भाषा | कवनो ऑफिशियल भाषा ना |
बोलल जाए वाली | As of 2010[1]
|
लोग कहाला | Louisianian (फ्रेंच: Louisianais) |
राजधानी | Baton Rouge |
सभसे बड़ शहर | न्यू ऑर्लियंस[2][3][4] |
सभसे बड़ मेट्रो | ग्रेटर न्यू ऑर्लियंस |
रकबा | रैंक 31वा |
• कुल | 42,069.13 sq मील (135,382 किमी2) |
• % जलक्षेत्र | 15 |
• अक्षांस | 28° 56′ N to 33° 01′ N |
• देशांतर | 88° 49′ W to 94° 03′ W |
जनसंख्या | रैंक 25वाँ |
• कुल | 4,659,978 (2018) |
• घनत्व | 93.8/बर्ग मील (34.6/किमी2) रैंक 24th |
ऊँचाई | |
• सभसे ऊँच जगह | ड्रिस्किल माउंटेन[5][6] 535 फीट (163 मीटर) |
• औसत | 100 फीट (30 मीटर) |
• सभसे निचाई के जगह | न्यू ऑर्लियंस[5][6] −8 फीट (−2.5 मीटर) |
राज्य के दर्जा से पहिले | टेरिटरी ऑफ़ ऑर्लियंस |
संघ में शामिल भइल | 30 अप्रैल 1812 (18वाँ) |
टाइम जोन | सेंट्रल: UTC −6/−5 |
छोट नाँव | LA, La. |
वेबसाइट | louisiana |
Close
Quick Facts लुइसियाना state symbols, Living insignia ...
Close