लिपिस्टिक
From Wikipedia, the free encyclopedia
लिपिस्टिक चाहे लिपस्टिक (अंग्रेजी: lipstick), आम भासा में ओठलाली, ओठ पर लगावल जाये वाला कॉस्मेटिक होखे ला। ई ओठ के रंग गाढ़ करे, रंगे, ओठ के टेक्सचर के सजावे के कामे आवे ला। कुछ लिपस्टिक सभ में लिप बाम भी होखे ला जे ओठ के सूखे से रोके के कामे आवे ला। साधारण तौर पर ई गोल-लमहर डंडी नियर रंगीन मटेरियल होखे ला जेकरा के ओठ पर रगर के ओठ के रंगल जाला। ई प्लास्टिक भा अउरी दूसर कौनों चीज के बनल ट्यूब में आवे ला। लिपिस्टिक के मूल पदार्थ में आमतौर पर मोम, तेल आ पिगमेंट (रंगीन पदार्थ) होखे लें। मूल रूप से लिप स्टिक, डंडी (स्टिक माने डंडी) वाला कॉस्मेटिक के कहल जाय बाकी अब ई ओह मटेरियल के कहल जाला जे ओठ पर सुंदरता बढ़ावे खातिर लगावल जाय, भले ई कवनो दूसर रूप में होखे, जइसे कि पावडर के रूप में चाहे जेल के रूप में।