![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/0/0e/Kashmir_map.jpg/640px-Kashmir_map.jpg&w=640&q=50)
लाइन ऑफ कंट्रोल
From Wikipedia, the free encyclopedia
लाइन ऑफ कंट्रोल (हिंदी: नियंत्रण रेखा) जेकरा छोट रूप में एलओसी (LoC) के नाँव से भी जानल जाला, भारत आ पाकिस्तान के बीचा में मलेटरी कंट्रोल के रेखा हवे कि पुराना समय के जम्मू आ काश्मीर राज के केतना हिस्सा कवना देस के मलेटरी के कंट्रोल में बा। मूल रूप से एकर नाँव सीज फायर लाइन मने कि जुद्ध बिराम रेखा रहल जबकि शिमला समझौता के समय एकरा के नया रूप से परिभाषित कइल गइल जे पर 3 जुलाई 1972 के दस्खत भइल। पुराना जम्मू-काश्मीर राजघराना के जवन राज्यक्षेत्र एह समय भारत के नियंत्रण में बा ऊ जम्मू अउरी काश्मीर राज्य के रूप में बा जबकि पाकिस्तान के कंट्रोल वाला हिस्सा दू हिस्सा में बाँटल बा आजाद कश्मीर आ गिलगित-बाल्तिस्तान। भारत पूरा पाकिस्तानी अधिकार वाला इलाका के पाक अधिकृत कश्मीर (पीओके) कहे ला। लाइन ऑफ कंट्रोल के सभसे उत्तरी बिंदु के एनजे9842 के नाँव से जानल जाला जेकरे उत्तर में भारत-पाकिस्तान के बीचा में साफ़ रेखा परिभाषित ना हवे आ ई सियाचिन ग्लेशियर वाला इलाका हवे।
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/0/0e/Kashmir_map.jpg/640px-Kashmir_map.jpg)
जम्मू काश्मीर में एगो अउरी सीज फायर लाइन बा जे भारत आ चीन (पीआरसी) के नियंत्रण वाला हिस्सा के अलगा करे ले आ एकरा के लाइन ऑफ एक्चुअल कंट्रोल (एलएसी) कहल जाला आ चीन के अधिकार वाला इलाका के अक्साई चिन के नाँव से जानल जाला।