From Wikipedia, the free encyclopedia
रैलस एक्वाटिकस (अंग्रेजी: Water rail; वाटर रेल; बैज्ञा॰ नाँव:Rallus aquaticus) चिरइन के एगो प्रजाति बाटे। ई चिरई यूरोप, एशिया आ उत्तरी अफिरका के अइसन हिस्सा सभ में पावल जाले जहाँ पर्याप्त बनस्पति होखे आ पानी के किनारे मूँज नियर लमहर घास होखे। एही मूँजहन सभ में ई अंडा देले आ बच्चा पोसे ले। ज्यादातर यूरोप आ पच्छिमी एशियाई इलाका में ई सालभर निवास करे ले हालाँकि कुछ उत्तरी इलाका में ई गरमी के दिन में जाले आ अफिरका आ भारतीय उपमहादीप में ई जाड़ा के दिन में आवे ले।
रैलस एक्वाटिकस | |
---|---|
बैज्ञानिक वर्गीकरण | |
किंगडम: | Animalia |
क्लास: | Aves |
ऑर्डर (Order): | Gruiformes |
परिवार: | Rallidae |
जाति (Genus): | Rallus |
प्रजाति: | R. aquaticus |
दूपद नाँव | |
Rallus aquaticus Linnaeus, 1758 | |
एकर पुरहर उमिर के सदस्य के औसत लंबाई 23–28 सेंटीमीटर (9–11 इंच) के आसपास होला आ शरीर कुछ चापट अकार के होला। ई पानी के किनारे लमहर घास वाला इलाका में पानी के सतह से कुछ ऊँचाई पर आपन खतोना बनावे ले। हलका माटियाहूँपन लिहले सफ़ेद रंग के अंडा के सेवे के काम मादा करे ले आ 19-22 दिन के बाद एह में से बच्चा निकले लें। मादा अपने अंडा या बच्चा सभ के बाहरी जीव जन्तु से बचावे ले आ अगर एकर खतोना कौनों जानवर देख ले तब अंडा बच्चा दुसरे जगह पहुँचा देले।
ई चिरई सर्वभक्षी होले आ आमतौर पर पानी आ नम जमीन के किनारे से छोट किरौना पकड़ के खाले।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.