पटरी पर चले वाली गाड़ी सभ से सामान आ आदमीजन ढोवे के सिस्टम From Wikipedia, the free encyclopedia
रेल परिवहन परिवहन के अइसन परकार हवे जेह में सामान भा आदमीजन के ढोवे खाती पटरी पर चले वाली गाड़ी के इस्तेमाल होला। एह पटरी सभ के रेल के पटरी कहल जाला। आमतौर पर पटरी लोहा (इस्टील) के होखे लीं आ एह पर चले वाला गाड़ी सभ में लागल पहियओ लोहे के होखे लें। ई सड़क परिवहन से अलग होला, सपाट सड़क पर चले वाली गाड़ी के दिशा बदले खाती ड्राईबर लगे इस्टेरिंग होला, जबकि रेल परिवहन में पटरी के सहारे गाड़ी मुड़े ले। पटरी पर चले वाली एह गाड़ी सभ में रेलगाड़ी (ट्रेन) आ ट्राम सभसे आम उदाहरण बा।
मध्यम दूरी खाती सामान ढोवे में रेल परिवहन, सड़क आ जहाज से सस्ता पड़े ला।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.