![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/4/46/26_swiatoinos.jpg/640px-26_swiatoinos.jpg&w=640&q=50)
रिफ्ट झील
रिफ्ट जोन में बनल झील / From Wikipedia, the free encyclopedia
एकरा के रिफ्ट घाटी झील से अलगा बूझल जाय।
कौनों रिफ्ट झील अइसन झील होखे ला जे कौनों रिफ्ट जोन में फॉल्ट होखे के चलते जमीन के धँस जाए से गहिराई वाला हिस्सा में बने ला। ई एक्सटेंशनल टेक्टॉनिक्स के चलते होला, मतलब कि जहाँ प्लेट सभ के घस्काव के चलते तनाव भा खिंचाव पैदा होखे। अइसन झील सभ बहुधा क के रिफ्ट घाटी सभ में पावल जालीं आ बहुत गहिराई वाली हो सके लीं। इनहन के किनारे पर फाल्ट वाला खड़ा ढाल मिल सके लें।
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/4/46/26_swiatoinos.jpg/640px-26_swiatoinos.jpg)
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/d/dd/Albertine_Rift%2C_East_African_Rift_%28artificial_rendering%29.jpg/640px-Albertine_Rift%2C_East_African_Rift_%28artificial_rendering%29.jpg)