![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/9/9d/RichardWagner.jpg/640px-RichardWagner.jpg&w=640&q=50)
रिचार्ड वैगनर
जर्मन संगीत कंपोजर आ ऑपेरा कंडक्टर / From Wikipedia, the free encyclopedia
विल्हेल्म रिशार्ड वॅग्नर (Wilhelm Richard Wagner German: [ˈʁɪçaʁt ˈvaːɡnɐ] ( सुनल जाय);[1] 22 मई 1813 – 13 फरवरी 1883) एगो जर्मन संगीत कंपोजर, थियेटर डाइरेक्टर, पोलेमिसिस्ट आ कंडक्टर रहलें जिनके ऑपेरा खाती जानल जाला। जादेतर ओपेरा डाइरेक्टर लोग के बिपरीत ई अपना रचना खाती लिबेरेतो आ म्यूजिक दुनों खुदे लिखें। सुरुआती परसिद्धि इनके रोमांटिक रचनाकार के रूप में मिलल आ बाद में ई अपने Gesamtkunstwerk ("total work of art", "कला के संपूर्ण काम") के बिचार से ऑपेरा के जगत में क्रांति ले आ दिहलें; एह सम्पूर्ण कला के मतलब कबिताई, विजुअल, म्यूजिकल आ नाटकी के कला सभ के एक साथ सिंथेसिस रहल।
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/9/9d/RichardWagner.jpg/640px-RichardWagner.jpg)
![signature written in ink in a flowing script](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/1/19/Richard_Wagner_Signature.svg/320px-Richard_Wagner_Signature.svg.png)