राममोहन राय
From Wikipedia, the free encyclopedia
राजा राममोहन राय (22 मई 1772 — 27 सितंबर 1833) ब्रह्म समाज के संस्थापक लोगन में रहलें, सामाजिक-धार्मिक सुधार के आंदोलन के अगुआ नेता लोग में रहलें आ इनके परभाव भारतीय उपमहादीप के तत्कालीन राजनीति, पब्लिक प्रशासन, शिक्षा आ धर्म के क्षेत्र में ब्यापक रूप से पड़ल। बादशाह दूसरा अकबर इनका राजा के खिताब दिहले रहलें जे बाद में लगभग इनके नाँवे के हिस्सा बन गइल। सती प्रथा आ बाल विवाह के खतम करे में इनके बहुत योगदान रहल। कई इतिहासकार लोग इनका के "बंगाल के पुनर्जागरण (बंगाल रिनासां) के जनक" माने ला।
Quick Facts राजा राममोहन राय, Born ...
Close
2004 में बीबीसी के करावल एगो रायगणना (ओपिनियन पोल) में अब तक के सभसे महान बंगाली लोगन में इनका के दसवाँ अस्थान मिलल रहे।