![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/e/e1/Cattien_stone_yoni.png/640px-Cattien_stone_yoni.png&w=640&q=50)
योनी
हिंदू धर्म में शक्ति भा देवी के चीन्हा / From Wikipedia, the free encyclopedia
ई लेख धार्मिक चीन्हा के बारे मे बा, अन्य अर्थ खातिर, योनि (बहुअर्थी) देखल जाय।
योनी भा योनि मनुष्य के मादा जननांग के धार्मिक रूप से पबित्र मानल जाए वाला चीन्हा के रूप में बनावल आकृति हवे। हिंदू धर्म के शाक्त आ शैव संप्रदाय में एकर खास चलन देखे के मिले ला।[1] ऋग्वेद[2] से ले के बाद के संस्कृत साहित्य में योनि शब्द के बिबिध अर्थ बा जिनहन के संबंध संतान पैदा करे से संबंधित बा आ मानव शरीर के एगो अंग के एह नाँव से जानल जाला। कई धार्मिक परंपरा सभ में, संतान के पैदाइश के मुख्य कारण के रूप में, एकरा के पबित्र मानल जाला आ एकरे चीन्हा (प्रतीक) के पूजा के बिधान बा। कई धार्मिक कर्मकांड सभ में ई छिपल रूप में भी मौजूद बा। यग्य में हवन कुंड भा यज्ञवेदी के खुदे भी योनि के रूप मानल गइल बा।[2][3]
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/e/e1/Cattien_stone_yoni.png/640px-Cattien_stone_yoni.png)
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/7/76/Homa_during_Sri_Thimmaraya_swamy_Pratishthapana..jpg/640px-Homa_during_Sri_Thimmaraya_swamy_Pratishthapana..jpg)
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/0/04/Vulva-handsign-Yoni-mudra.svg/320px-Vulva-handsign-Yoni-mudra.svg.png)