![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/5/5d/Unusually_well_defined_warm_front.jpg/640px-Unusually_well_defined_warm_front.jpg&w=640&q=50)
मौसमी फ्रंट
दू गो अलग-अलग किसिम के हवा राशि के बीचा के सीमा / From Wikipedia, the free encyclopedia
मौसमी फ्रंट (अंग्रेजी: Weather front) एक किसिम के बाउंड्री चाहे सीमा होला जे अलग-अलग किसिम के हवा घनत्व, हवा बहाव, तापमान आ नमी वाली हवा राशि सभ के एक दुसरे से अलगा करे ला। उदाहरण खातिर कोल्ड फ्रंट के कौनों जगह से गुजरे पर झंझावात आ कपासी बरखा बादर वाली बरखा हो सके ले चाहे स्क्वल लाइन एकरा पहिले आवे ले, जबकि वार्म फ्रंट (गरम फ्रंट) के आवे पर इनहन के पहिले परतदार बादर वाली बरखा आ कुहेसा आ सके ला। यूरोपीय आ अमेरिकी संदर्भ में गर्मी के सीजन में नमी के अलगाव वाला मामूली फ्रंट सीमा से ख़राब मौसम आ सके ला। कुछ फ्रंट बिना बरखा के होखे लें आ कम बदरी वाला होखे लें, हालाँकि इनहन के साथे हवा बहाव के दिसा जरूर बदले ले।
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/5/5d/Unusually_well_defined_warm_front.jpg/640px-Unusually_well_defined_warm_front.jpg)