मॉडल (लोग)
From Wikipedia, the free encyclopedia
मॉडल (अंग्रेजी: Model, मिडिल फ्रेंच modelle से[1]) एक ठो अइसन ब्यक्ति होला जे या त कौनों चीज के परचार, डिस्प्ले या परमोशन खातिर आपन प्रदर्शन करे या कौनों कलाकार या फोटोग्राफर खातिर रचना में सहायता के खातिर नमूना के तौर पर आपन प्रदर्शन करे। आमतौर पर कपड़ा आ फैशन के चीज के परमोशन या परदर्सन में मॉडल लोग के काम के जरूरत पड़े ला।
मॉडलिंग शब्द अमेरिकी आ ब्रिटिश अंग्रेजी शब्द हवे, एकर अरथ अन्य तरह के प्रदर्शन (परफौरमेंस) से कुछ अलग बूझल जाला। आम तौर पर फैशन मॉडल लोग के काम के परफार्मेंस ना स्वीकार कइल जाला, जवना अर्थ में कौनों कला के प्रदर्शन के स्वीकार कइल जाला।