मैलवेयर
From Wikipedia, the free encyclopedia
मैलवेयर, मालवेयर, भा मॅलवेयर (अंग्रेजी: malware) दुष्टताभरल, दुरभाव वाला चाहे खतरनाक किसिम के नोकसान पहुँचावे वाला सॉफ्टवेयर होला जे एही नीयत से बनावल जाला कि जवना कंप्यूटर सिस्टम में ओकरा के परवेश करावल जाय ओह में कुछ नोकसान चाहे अनचाहल बदलाव करे।[1][2] बिबिध किसिम के मैलवेयर बाड़ें जिन्हन में कंप्यूटर वायरस, कंप्यूटर वर्म, ट्रोजन हॉर्स, स्पाइवेयर, रैंसमवेयर, ऐडवेयर, रोग सॉफ्टवेयर, आ स्केयरवेयर शामिल बाड़ें। ई सभ मैलवेयर के परकार हवें।
अइसनो प्रोग्राम सभ के मैलवेयर मानल जाला जे चोरी से कवनों अइसन काम करें जे कंप्यूटर इस्तेमाल करे वाला के इंटरेस्ट के खिलाफ होखे। उदाहरण खाती, सोनी म्यूजिक कंपनी के कांपैक्ट डिस्क (सीडी) एगो रूटकिट इंस्टाल क देत रहल जे अबैध कॉपी करे से रोके, बाकी साथे-साथ ऊ इस्तेमाल करे वाला के गाना सुने के आदत के भी कंपनी के रिपोर्ट करे जेकरा चलते अउरी किसिम के खतरा बेमतलबे बढ़ जाय।[3]
बिबिध किसिम के एंटीवायरस सॉफ्टवेयर, फायरवाल आ अउरी किसिम के तरीका सभ के इस्तेमाल एह मैलवेयर सभ के रोके आ इनहन से सुरक्षा खातिर इस्तेमाल होखे ला। नया घुसे वाला मैलवेयर के रोके चाहे पहिले से घुस चुकल मैलवेयर के चिन्हित करे, या फिर अइसन मैलवेयर से परभावित हो चुकल चीजन के रिकभर करे में एह तरीका सभ के इस्तेमाल होला।[4]