मेलविले दीप (आस्ट्रेलिया)
From Wikipedia, the free encyclopedia
मेलविले दीप (अंग्रेजी: Melville Island, मॆलविले आइलैंड) तिमोर सागर के पूरबी हिस्सा में एगो दीप बाटे। ई दीप आस्ट्रेलिया देस के नदर्न टेरिटरी के हिस्सा हवे आ आस्ट्रेलिया के मुख्य भूमि से थोरिके दूरी पर बा, डार्विन बंदरगाह से एकर दूरी लगभग 60 किलोमीटर (37 मील) बाटे। भूगोलीय रूप से ई टीवी दीपसमूह के हिस्सा हवे जेह में एकरे अलावा बाथ्रस्ट दीप आ अउरी नौ गो छोटहन आ बिना आबादी वाला दीप आवे लें।
Native name: (Tiwi) Yermalner | |
---|---|
Geography | |
Location | तिमोर सागर |
Coordinates | 11°33′S 130°56′E |
Archipelago | टीवी दीपसमूह |
Major islands | Melville, Irrititu |
Area | 5,786 किमी2 (2,234 वर्ग मील) |
Administration | |
आस्ट्रेलिया | |
टेरिटरी | नदर्न टेरिटरी |
Largest settlement | मिलिकापिटी (Milikapiti) (pop. 559) |
Demographics | |
Population | ल॰ 1030 |
Ethnic groups | टीवी (Tiwi) |
दीप के साइज बहुत बड़ नइखे आ ई दुनियाँ के सभसे बड़ 100 गो दीप सब के लिस्ट में गिनल जाए से कुछे नीचे बा हालाँकि, आस्ट्रेलिया में ई तस्मानिया के पाछे दुसरा सभसे बड़ दीप हवे। हालाँकि, ई दीप लोकल टीवी लोग द्वारा वर्तमान समय से लगभग 40 हजार साल पहिले से आबाद बाड़ें, एकरा के देखे वाला पहिला यूरोपियन यात्री अबेल तस्मान रहलें जे 1644 में एकर खोज (यूरोपीय लोगन के नजरिया से) कइलें।