मेंहदार मंदिर
From Wikipedia, the free encyclopedia
मेंहदार मंदिर भा महेन्द्रनाथ मंदिर बिहार के सिवान जिला के सिसवन प्रखंड (सिसवन ब्लॉक) में स्थित एगो मंदिर ह, जे के गांव के लोग मेंहदार मंदिर भी कहेला लोग। काहे की ई मंदिर मेंहदार गांव में पड़ेला। मेंहदार शब्द महेन्द्रनाथ के अपभ्रंश मानल जाला। ई मंदिर सिवान शहर से 32 किमी पूरब में पड़ेला। महेन्द्रनाथ मंदिर भगवान शिव जी के मंदिर ह जँहवा लोग शिवरात्रि आ अन्य दिन दर्शन-पूजा खातिर आवेला। ई मंदिर के बगल में एगो 551 बिघा में फैलल सरोवर बा जे के कामलदाह सरोवर के नाम से जानल जाला। अहिजा विश्वकर्मा भगवान के साथ साथ गणेश भगवान, मां पार्वती, हनुमान, भगवान राम, सीता, कालभैरव, बटुक भैरव भगवान लोग के मूर्ति भी स्थापित बा। महाशिवरात्रि पर अहिजा लाखों के संख्या में भक्त लोग आवेला। दिन भर उत्सव चलेला आ शिव विवाह के आयोजन भी होखेला।