मियांडर
From Wikipedia, the free encyclopedia
मियांडर चाहे नदी मियांडर (अंग्रेजी: meander) एगो थलरूप हवे जे नदी चाहे कौनों अउरी जलधारा के साँप के चाल नियर लहरदार गोलाई वाला हिस्सा बना के बहे से बने ला।[1] ई साधारण तौर पर नदी के मैच्योर अवस्था के लैंडफॉर्म हवे जहाँ नदी के बहाव रास्ता के ढाल बहुत कम हो जाला, सपाट मैदान में बहे लागे ले, आ ई दुन्नो साइड में कटाव करे ले आ अपना कछार में साँप नियर बहे ले। ई जमीनी कटाव (अपरदन भा इरोजन) से बने वाला थलरूप हवे। हिंदी में मियांडर के विसर्प कहल जाला।
मियांडर के साथे जुड़ल भू-आकृतिक लच्छन आ थलरूप सभ में पूल-रिफल के क्रम आ मियांडर सभ के पुरान होखे पर गोलाई वाला छूटल हिस्सा से बने वाला गोखुर झील वगैरह बाड़ें। गोखुर झील में कटाव आ जमाव दुनों के योगदान होखे ला।
जब कभी मियांडर बना के बहे वाली नदी के इलाका में अचानक उठान हो जाय तब ई अपना मियांडर सभ के भीतर नीचे के ओर कटान क के इनहन के अउरी गहिरा बनावे लागे ले आ एह तरीका से दू गो लैंडफॉर्म बने लें: एनट्रेंच्ड मियांडर आ इनसाइज्ड मियांडर।
एकर नाँव तुर्की में मौजूद प्राचीन यूनान में एही नाँव से जानल जाए वाली नदी मियांडर नदी के नाँव पर पड़ल हवे।