माउंट एटना
From Wikipedia, the free encyclopedia
माउंट एटना, (अंग्रेजी: Mount Etna) इटली देस के सिसिली दीप पर मौजूद एगो ज्वालामुखी परबत बाटे। ई एगो परतदार जवालामुखी परबत हवे।[2] वर्तमान में एकर ऊँचाई 3,329 मी (10,922 फीट) बाटे, हालाँकि ई बिस्फोट के बाद बदलत रहे ले। ई इटली में आल्प्स के दक्खिन ओर मौजूद सभसे ऊँच चोटी भी हवे। ई परबत कुल 1,190 किमी2 (459 वर्ग मील) क्षेत्रफल में फइलल बाटे आ एकरे आधार के परिधि 140 km. एही से ई इटली के सभसे बड़हन ज्वालामुखी परबत भी कहल जाला।[3] यूनानी कथा के मुताबिक एगो घातक दानव जवना के नाँव टाइफन रहे एही पहाड़ के नीचे ज्यूस नाँव के देवता द्वारा बंद कर दिहल गइल रहे।[4]
Quick Facts माउंट एटना, Highest point ...
माउंट एटना | |
---|---|
Highest point | |
ऊँचाई | 3,329 मी (10,922 फीट) , (varies)[1] |
टोपो प्रामिनेंस | 3,329 मी (10,922 फीट) 59वां |
टोपोग्राफिक बिलगाव | 998.79 किलोमीटर (620.62 मील) |
लिस्टिंग | Ultra |
भूगोल | |
Geology | |
चट्टान के उमिर | 350,000 - 500,000 years |
परबत प्रकार | Stratovolcano (composite type) |
अंतिम बिस्फोट | December 3, 2015 to present (ongoing) |
पैमाना | Natural: vii, viii, ix |
संदर्भ | 1427 |
इंस्क्रिप्शन | 2013 (37th सेशन) |
Close