महाराष्ट्र के जिला सभ के लिस्ट
From Wikipedia, the free encyclopedia
भारत के राज्य अउरी संघ राज्यक्षेत्र महाराष्ट्र 1 मई 1960 के अस्तित्व में आइल (एकरा के महाराष्ट्र दिवस के रूप में मनावल जाला), आ शुरू-सुरू में एह में 26 गो जिला रहलें। एकरा बाद से अबले, 10 गो अउरी जिला बनावल गइल बाने। वर्त्तमान 36 गो जिला सभ के 6 गो मंडल में एकट्ठा कइल गइल बाटे।