महाजनपद
भारतीय उपमहादीप में राज आ रिपब्लिक (c. 600 BCE-c. 345 BCE) / From Wikipedia, the free encyclopedia
महाजनपद (महा माने बड़ भा बिसाल, जनपद माने पुराना भारतीय जन यानी खास समूह सभ के इलाका; संस्कृत: षोडश महाजनपद) पुराना जमाना में छठईं सदी से चउथी सदी ईसा पूर्ब के समय में, वर्तमान भारतीय उपमहादीप के इलाका में, सोरह गो[1] राज भा गणतंत्र रहलें। इनहन में दू गो के गणतंत्र (मने आज के समय के रिपब्लिक) सभ नियर होखे के अनुमान लगावल गइल बा आ बाकी सगरो राजा के शासन वाला मने कि राजतंत्र बेवस्था वाला राज रहलें।
कई बौद्ध ग्रंथ सभ में इनहन के बहुधा नाँव आवे ला आ ई बुद्ध आ महावीर के कुछ पहिले भा ओह लोग के समय के राजनीतिक बिभाजन रहल।[2] 6वीं–5वीं सदी ईपू के भारतीय इतिहास में एगो मोड़ के बिंदु के रूप में देखल जाला आ सिंधु घाटी सभ्यता के पतन के बाद दोबारा पहिली बेर भारत के इलाका में बड़ शहर सभ के उदै एही काल में भइल मानल जाला।
पुरातत्व के नजरिया से, ई काल 'उत्तरी करिया पालिशदार बर्तन वाली संस्कृति' (नदर्न ब्लैक पॉलिश्ड वेयर कल्चर) के समय हवे।