मछरी मारे के नौकायान
From Wikipedia, the free encyclopedia
मछरी मारे वाला नौकायान (अंग्रेजी: fishing vessel; फिशिंग वैसल ) कौनों नाइ भा जहाज होखे लें जिनहन के इस्तेमाल समुंद्र, झील भा नदी में मछरी पकड़े खातिर होला। कई गो अलग अलग तरह के अइसन नौकायान सभ के इस्तेमाल व्यावसायिक, कारीगरी के काम खाती आ मनोरंजन खाती मछरी पकड़े में होखे ला।
मनोरंजन खातिर मछरी मारे वाली नौकायान सभ के गिनती के अनुमान लगावल बहुते मुश्किल बा। इनहन के साइज छोट डेंगी से ले के बड़हन चार्टर क्रूजर तक ले हो सके ला आ ब्यापारिक मछरी पकड़े वाला जहाज सभ के बिपरीत, अक्सरहा ई खाली मछरिये मारे खातिर बनल नाहियो हो सके लें।
1950 के दशक से पहिले मछरी मारे वाली नौकायान सभ के कौनों किसिम के मानकीकरण बहुत कम रहे। बंदरगाह वाला आ नौकायन वाला एह जलयान के बीच डिजाइन अलग-अलग हो सके ला। परंपरागत रूप से नाइ लकड़ी से बनल होखें, बाकी अब नया जमाना में लकड़ी के इस्तेमाल अक्सर ना होला काहें से कि रखरखाव के लागत बेसी होला आ स्थायित्व कम होला। फाइबरग्लास के इस्तेमाल 25 मीटर (100 टन) तक ले के छोट मछरी पकड़े वाला जहाज सभ में तेजी से बढ़ल बाटे जबकि स्टील के इस्तेमाल आमतौर पर 25 मीटर से बेसी लमहर जहाज सभ में होखे ला।