भूमध्य सागर
अफ्रीका आ यूरोप के बीचा में अटलांटिक महासागर से जुड़ल एगो सागर / From Wikipedia, the free encyclopedia
भूमध्य सागर (अंग्रेजी: Mediterranean Sea, /ˌmɛdɪtəˈreɪniən/) चाहे रूम सागर एगो समुन्द्र हवे जेवन पछ्चिमी ओर अटलांटिक महासागर से जुड़ल बाटे आ एकरी उत्तर में यूरोप, दक्खिन में अफिरका आ पूरुब ओर एशिया महादीप बा। एही से एकरा के भूमध्य सागर कहल जाला आ एकरी अंग्रेजी नाँव, जेवन लैटिन भाषा से आइल हवे, के भी मतलब इहे होला, मने कि पृथ्वी के बीचोबीच मौजूद सागर। एकरी आसपास की इलाका के भूमध्य क्षेत्र भा भूमध्य बेसिन कहल जाला।
Quick Facts भूमध्य सागर, निर्देशांक ...
भूमध्य सागर | |
---|---|
निर्देशांक | 35°N 18°E |
प्रकार | सागर |
आगम | अटलांटिक, मारमरा सागर, नील नदी, एब्रो नदी, रोन नदी, सेलिफ नदी, पो नदी |
थाला के देस | |
सतह क्षेत्र | 2,500,000 किमी2 (970,000 वर्ग मील) |
औसत गहिराई | 1,500 मी (4,900 फीट) |
अधिकतम गहिराई | 5,267 मी (17,280 फीट) |
आयतन | 3,750,000 किमी3 (900,000 घन मील) |
जलनिवास समय | 80-100 साल[3] |
दीप | 3300+ |
आबादी | सिकंदरिया, अल्जायर्स, एथेंस, बार्सिलोना, बेरुत, इज़मीर, रोम, टैनजीर, तेल-अवीव, त्रिपोली |
Close
कब्बो-कबो टेक्नीकल भाषा में एकरा के यूराफ्रिकन भूमध्य सागर' (Eurafrican Mediterranean Sea) या यूरोपियन भूमध्य सागर (European Mediterranean Sea) कहल जाला जेवना से एकरा के अउरी अइसन समुद्रन से बिलगा के चीन्हल जा सके।[4][5]