भूमध्य बेसिन
भूमध्यसागर के आसपास के इलाका, मुख्य रूप से एगो जीव भूगोलीय प्रदेश जे बहुत सुपरिभाषित ना बाटे / From Wikipedia, the free encyclopedia
एकरा के भूमध्य सागर के बेसिन (जलबहाव थाला) से अलगा बूझल जाय।
अन्य अर्थ खातिर, भूमध्य (बहुअर्थी) देखल जाय।
भूमध्य बेसिन (अंग्रेजी: Mediterranean Basin, /ˌmɛdɪtəˈreɪniən/) चाहे भूमध्य क्षेत्र चाहे भूमध्य प्रदेश (अंग्रेजी: Mediterranean Region) भा कभी-काल्ह मेडिटेरेनिया (अंग्रेजी: Mediterranea), जीव भूगोल में भूमध्य सागर के आसपास के जमीनी हिस्सा सभ खातिर इस्तेमाल होखे वाला शब्दावली हवे जहाँ प्रमुख रूप से भूमध्यसागरीय जलवायु मिले ले आ जहाँ भूमध्यसागरीय बन, वुडलैंड आ झाड़ी वाली बनस्पति मिले ले।
ई कौनों राजनीतिक भा सांस्कृतिक प्रदेश भा इलाका के रूप में ना परिभाषित कइल जाला बलुक जीव भूगोल के टर्म हवे। भूमध्य सागर के साथे सीमा सझिया करे वाला भा एकरे तीरे पड़े वाला यूरोप के सगरी देसन के इलाका के भूमध्यसागरीय यूरोप कहल जाला।