भूगोल के इतिहास
इतिहास के एगो पहलू, भूगोल बिसय के इतिहासी अध्ययन / From Wikipedia, the free encyclopedia
भूगोल के इतिहास में ओह सगरी इतिहास सभ के सामिल कइल जाला जे भूगोल के चिंतन आ बिचारधारा, भूगोल के बिसयवस्तु के तै कइल आ भूगोल में अलग अलग बिधिन के इस्तेमाल से संबंधित बाड़ें। अलग-अलग काल खंड में भूगोल के क्षेत्र में अलग किसिम के बिचार आ मत रहल बाड़ें; प्राचीन काल के दौरान अलग-अलग इलाका सभ में भी अपना आसपास के दुनियाँ के ज्ञान के बारे में बिबिध राय आ अलग-अलग मात्रा में जानकारी रहल।
भूगोल के इतिहास के भी तीन चाहे चार हिस्सा में, अलग-अलग काल खंड में बाँट के देखल जाला। एह में प्राचीन काल के भूगोल संबंधी ज्ञान के पुरानी सभ्यता अनुसार भी बाँट के पढ़ल जाला।