भूअर कानवाली बुलबुल
From Wikipedia, the free encyclopedia
भूअर-कानवाली बुलबुल (Brown-eared bulbul; Hypsipetes amaurotis) एक किसिम के बुलबुल हवे जे पूरबी एशिया में बहुतायत से मिले ले। ई पूरबी एशिया के मूल निवासी चिरई हवे आ अपने निवास क्षेत्र के उत्तरी हिस्सा में बहुत संख्या में मिले ले। ई सखालीन प्रायदीप से ले के फिलिपींस ले के इलाका के पावल जाले।
Quick Facts भूअर कानवाली बुलबुल, संरक्षण स्थिति ...
भूअर कानवाली बुलबुल | |
---|---|
बैज्ञानिक वर्गीकरण | |
किंगडम: | एनिमेलिया (Animalia) |
फाइलम: | कार्डेटा (Chordata) |
ऑर्डर (Order): | सौरिशिया |
सबऑर्डर: | थेरोपोडा |
क्लास: | एव्स |
ऑर्डर (Order): | पासरिफ़ार्मेस |
परिवार: | Pycnonotidae |
जाति (Genus): | Hypsipetes |
प्रजाति: | H. amaurotis |
दूपद नाँव | |
Hypsipetes amaurotis (Temminck, 1830) | |
अउरी दूसर नाँव | |
|
Close
एकर लंबाई लगभग 28 सेमी (11 इंच) तक ले हो सके ले, ई मटियाहूँ-भूअर रंग के होले आ एकरे कान के लगे भूअर रंग के चकत्ती होला, छोटहन नोकीला मुकुट होला आ लमहर पोंछ होले। ई जंगल के चिरई हवे जे घन पेड़ सभ के बीचा में रहे ले, हलाँकि, बागान, पार्क आ बगइचा सभ में भी देखल जा सके ले। गर्मी के एकर मुख्य भोजन छोट किरौना होलें जबकि जाड़ा में ई मुख्य रूप से फल आ दाना खा के रहे ले।