बौद्ध धर्म के इतिहास
From Wikipedia, the free encyclopedia
बौद्ध धर्म के इतिहास के सुरुआत गौतम बुद्ध के छठवीं सदी ईसा पूर्व में लुंबिनी, नेपाल में जनम के समय से ले के वर्त्तमान समय ले बिस्तार लिहले बाटे। एही से ई धरम संसार के कुछ सभसे पुरान धर्म में गिनल जा सकत बाटे। उत्तरी भारत आ नेपाल के सीमा वाला इलाका एह धर्म के जन्मभूमि बाटे जहाँ से ई धर्म समय के साथ एशिया महादीप के एगो बड़हन क्षेत्र पर बिस्तार लिहलस। एह बिस्तार के दौरान बौद्ध धर्म में कई बदलाव आ बिभाजन जैसे कि थेरवाद, हीनयान आ महायान शाखा के निर्माण वगैरह भी भइल।