बुलबुल
From Wikipedia, the free encyclopedia
बुलबुल माजिल साइज के चिरइन के एगो परिवार हवे जेह में 27 जाति आ लगभग 150 प्रजाति के चिरई आवें लीं; बैज्ञानिक शब्दावली में एह परिवार के पाइक्नोनोटिडाइ नाँव से जानल जाला। ई चिरई सभ लगभग पूरा अफिरका महादीप, अरब-ईरान वाला पच्छिमी एशिया के इलाका, दक्खिन एशिया, इंडोनेशिया आ जापान के दक्खिनी हिस्सा तक ले पावल जाली। कुछ प्रजाति काफी बड़ इलाका में पावल जाली जबकि कुछ अपना सीमित इलाका के प्रजाति हईं। उदाहरण खातिर अफिरका के ज्यादातर प्रजाति सभ बरखाबन में मिलेलीं जबकि एशिया वाली प्रजाति सभ खुला इलाका पसंद करे लीं।
Quick Facts बुलबुल, बैज्ञानिक वर्गीकरण ...
बुलबुल | |
---|---|
सिपाही बुलबुल (Pycnonotus jocosus) कर्नाटक में लिहल गइल फोटो | |
बैज्ञानिक वर्गीकरण | |
किंगडम: | एनिमेलिया (Animalia) |
फाइलम: | कार्डेटा (Chordata) |
ऑर्डर (Order): | सौरिशिया |
सबऑर्डर: | थेरोपोडा |
क्लास: | एव्स |
ऑर्डर (Order): | पासरिफ़ार्मेस |
Infraorder: | Passerida |
परिवार: | Pycnonotidae ग्रे, जीआर, 1840 |
जाति | |
लेख में देखीं | |
अउरी दूसर नाँव | |
|
Close
सिपाही बुलबुल आ गुलदुम बुलबुल नियर प्रजाति सभ के पोसुआ बना के रखल जाला आ ई दुनों भारत में बहुत आम प्रजाति हईं स।