बीजगणित
From Wikipedia, the free encyclopedia
बीजगणित (अंग्रेजी: Algebra, अलजेब्रा) गणित के एक ठो शाखा हवे। एह में गणित के सवाल चीन्हा के मदद से हल कइल जाला। सामान्य परिभाषा के रूप में कहल जाय त, बीजगणित, गणितीय चीन्हा सभ के अध्ययन आ इनहन के सहारे कइसे गणित लगावल जाला एह बात के अध्ययन हवे।[1] एक तरह से ई गणित के कई ठे शाखा सभ में आपस में एकता स्थापित करे वाला हिस्सा भी हवे।[2]
बीजगणित के दू गो हिस्सा में बाँटल जाल - सुरुआती बीजगणित, आ मॉडर्न बीजगणित।
ज्यादातर बीजगणितीय काम, ईरानी लोग के द्वारा भइल आ अरब हो के पच्छिम के देस सभ में पहुँचल।[3][4] एह में अल्-ख्वारिज़मी (780-850)[5] आ उमर खैय्याम (1048-1131) के काम महत्व वाला मानल जाला।[6] भारत के गणितज्ञ लोग में ब्रह्मगुप्त (लग॰ 598- लग॰ 665 ई॰) के काम महत्व के बाटे आ ऊ अपने किताब "ब्रह्मस्फुटसिद्धान्त" (लग॰ 628 ई॰) में एगो अध्याय बीजगणित पर लिखेलें।[7][8]ऊ एकरा के "कुट्टक" के नाँव से बोलावें आ अध्याय के नाँव "कुट्टकाध्याय" रखलें।[7]