बिग बॉस
From Wikipedia, the free encyclopedia
बिग बॉस (Bigg Boss) एगो भारतीय टीवी धारावाहिक बा जे कलर्स टीवी पर प्रसारित होला। ई एक ठो रियलिटी शो हवे आ साल 2007 में एकर प्रसारण चालू भइल रहे। एह प्रोग्राम के मूल आइडिया नीदरलैंड के प्रोग्राम बिग ब्रदर के नकल के रूप में बा।[1] पछिला 11 सालन में, अबतक ले बिग बॉस के 10 गो सीजन आ एक ठो स्पिन ऑफ पूरा भ चुकल बा आ 1 अक्टूबर 2017 से एकर नया सीजन बिग बॉस 11 सुरू भइल बा[2] जेकर फाइनल साल 2018 में होखी।
सीजन 11, पड़ोसी थीम पर आधारित बाटे आ एकर मोटो बा ये है बिग बॉस 11 और पड़ोसी आ रहे हैं बजाने 12।[3]