बबुर
एक किसिम के फेड़ जेह में काँटा होला / From Wikipedia, the free encyclopedia
बबुर चाहे बब्बुर (हिंदी: बबूल, कीकर; बैज्ञा. नाँ.: Vachellia nilotica) एगो पेड़ हवे जेह में काँटा होला। माझिल साइज के ऊँचाई वाला ई फेड़ फैबासियाई परिवार के हवे। एह में छोट-छोट पीयर फूल होखे लें आ पतई महीन होखे लीं। ई मूल रूप से अफिरका आ भारतीय उपमहादीप के पेड़ हवे। भारत में ई पहाड़ी आ तराई वाला इलाका छोड़ के लगभग पूरा भारत में पावल जाला; खास तौर प कुछ-सूखा वाला इलाका में ई फेड़ बहुत होखे ला। पच्छिमी भारत में एकरा के लोकल भाषा में कीकर कहल जाला।
आस्ट्रेलिया में एकरा के खर-पात में आ हमलावर बनस्पति प्रजाति मानल जाला जबकि अमेरिका में ई घातक खर-पात के श्रेणी में आवे ला।