![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/0/02/Bansuri_bamboo_flute_23inch.jpg/640px-Bansuri_bamboo_flute_23inch.jpg&w=640&q=50)
बँसुरी
From Wikipedia, the free encyclopedia
पुरा दुनिया में अलग-अलग अलग रूप में चलन में अइसन बाजा खातिर, बँसुरी (बिबिध प्रकार) देखल जाय।
बँसुरी, बंसी, या बँसुड़ी (हिंदी:बाँसुरी; संस्कृत:वंशी) बाँस के बने वाला बाजा हवे जेकरा के फूँक के बजावल जाला आ एकरे फोंफी नियर संरचना में निश्चित दूरी पर बनल छेद सभ के अँगुरी से बंद/खुला रख के अलग अलग सुर निकालल जाला। शास्त्रीय संगीत के कठिन सुरलहरी बजावे से ले के लड़िकन के खेलौना के रूप में ई साज इस्तेमाल होला। बँसुरी के दू गो रूप होला सीधी बँसुरी (जेकरा मुरली या मुरलिया भी कहल जाला) आ आड़ी बँसुरी (जेकरा बजावे में तिरछा क के पकड़ल जाला।
Quick Facts दूसर नाँव, बर्गीकरण ...
![]() एक ठो 23-इंच-लंबाई वाली बाँस के बँसुरी | |
दूसर नाँव | मुरली, बंसी, वंशी, बान्ही |
---|---|
बर्गीकरण | भारतीय सुषिर साज |
सप्तक बिस्तार | |
2.5 सप्तक (छह छेद वाली), 3 सप्तक (सात छेद वाली) | |
संबंधित साज | |
वेणु | |
कलाकार | |
कलाकार |
Close
बँसुरी बहुत पुरान साज हवे आ भारतीय संस्कृति में कृष्ण के बँसुरी बजावत रूप के चर्चा मिले ला।