बागमती प्रदेश
From Wikipedia, the free encyclopedia
बाग्मती प्रदेश नेपाल के एगो प्रदेश ह जवन 20 सितम्बर 2015 के अस्तित्व में आइल। इ प्रदेश में १३ गो जिला सभ बाड़े। प्रदेश के राजधानी हेटौड़ा के राखल गइल बा। ई प्रदेश के अस्थायी नाम प्रदेश संख्या ३ रहल आ अस्थायी राजधानी हेटौड़ा रहल। १२ जनवरी २०२० के प्रदेश सभा में निर्वाचन भइल आ बहुमत से ई प्रदेश के नाम बाग्मती प्रदेश आ स्थायी राजधानी हेटौड़ा कऽ दिहल गइल। बाग्मती प्रदेश अधिकतर पहाड़ी आ हिमालयी क्षेत्र में फैलल बा। इऽ प्रदेश के मात्र १ गो जिला दक्षिण में आके भारत से सटल बा। नेपाल कि राष्ट्रीय राजधानी भी एहि प्रदेश में आवेला।
इऽ प्रदेश में १३ गो जिला कुल बाड़े:
- भक्तपुर जिला
- चितवन जिला
- धादिंग जिला
- दोलखा जिला
- काठमांडू जिला
- काभ्रेपलांचोक जिला
- ललितपुर जिला
- मकवानपुर जिला
- नुवाकोट जिला
- रामेछाप जिला
- रसुआ जिला
- सिंधुली जिला
- सिंधुपालचोक जिला
ई नेपाल-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
Wikiwand in your browser!
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.