पृथ्वी के अंदरूनी बनावट
पृथ्वी के भीतरी हिस्सा के बनावट, एकरे भीतर लेयर सभ के बिबरन / From Wikipedia, the free encyclopedia
पृथ्वी क आतंरिक संरचना शल्कीय, मने कि परतदार, बाटे जइसे पियाज क छिलका कई परत में होला। ए परतन क मोटाई का सीमांकन रासायनिक विशेषता अथवा यांत्रिक विशेषता की आधार पर कइल जाला। पृथ्वी क सबसे ऊपरी परत क्रस्ट एगो ठोस परत हवे, मध्यवर्ती मैंटल बहुत ढेर गाढ़ परत हवे, आ बाहरी क्रोड तरल अउरी आतंरिक क्रोड ठोस अवस्था में हवे।
पृथ्वी की आतंरिक संरचना की बारे में जानकारी क स्रोत को दू तरह क बाड़ें । प्रत्यक्ष स्रोत, जइसे ज्वालामुखी से निकलल पदार्थन क अध्ययन, समुद्र्तलीय छेदन से मिलल आंकड़ा क अध्ययन वगैरह, जेवन कम गहराई ले का जानकारी उपलब्ध करा पावे लें। दूसरी ओर अप्रत्यक्ष स्रोत की रूप में भूकम्पीय तरंगन क अध्ययन अउर अधिक गहराई की विशेषता की बारे में जानकारी देला।