![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/a/a3/Eq_it-na_pizza-margherita_sep2005_sml.jpg/640px-Eq_it-na_pizza-margherita_sep2005_sml.jpg&w=640&q=50)
पिज्जा
इटैलियन खाना जेकरा तंदूर में पकावल जाला आ ऊपर बिबिध चीज के सजावट होला / From Wikipedia, the free encyclopedia
पिज्जा चाहे पित्ज़ा (अंग्रेजी: Pizza) इटली देस मूल के एगो पकवान हवे जे आजकाल बहुत जगहन पर चलनसार बा। ई आटा-मैदा के गोल चापट (मोट रोटी नियर) आधार (बेस) पर तरह-तरह के सब्जी आ अउरी सामान के टॉपिंग के साथे सेंक के बनावल जाला।
Quick Facts किसिम, खाए के समय ...
![]() पित्जा मार्गेरीटा | |
किसिम | चापट रोटी |
---|---|
खाए के समय | लंच चाहे डिनर |
उत्पत्ती अस्थान | इटली |
क्षेत्र | कैंपानिया (नेपल्स) |
परोसे के ताप | गर्मागर्म चाहे कुछ गरम |
मुख्य सामग्री | आटा आ सॉस |
बिबिध रूप | Calzone, panzerotti, Stromboli (food) |
Close
आमतौर प एकरा बेस के बनावे खातिर गोंहूँ के आटा-मैदा इस्तेमाल होला जेह में कई बेर भराँव (स्टफिंग) के इस्तेमाल हो सके ला। ऊपर के छिडकाव में टमाटर, शिमला मिरचा, मशरूम, ऑलिव, पनीर, आ अउरी कई किसिम के चीज हो सके ला। परंपरा अनुसार इटली में ई लकड़ी के आगी पर रखल तंदूर पर सेंकल जाय आ बिना काटले परोसल जाय। हालाँकि, आजकाल ई आधुनिक ओवन सभ में तेज आँच पर सेंकल जाला आ कई पीस में काट के परोसल जाला।
कई देसन में, जेह में भारतो सामिल बा, वर्तमान में ई आर्डर करे वाला फास्ट-फ़ूड सभ में से सभसे चलनसार आइटम में से एक बा।