पार्थेनन
From Wikipedia, the free encyclopedia
पार्थेनन (अंग्रेजी: Parthenon) पुराना ज़माना के एगो मंदिर हवे,[4][5] जे यूनान में एथेंस के एक्रोपौलिस पर बनल हवे आ प्राचीन यूनानी कथा के देवी एथेना के समर्पित मंदिर हवे जिनके एथेंस के निवासी लोग आपन संरक्षक माने। एह मंदिर के निर्माण के काम 447 BC में सुरू भइल जब एथेंस के साम्राज्य अपना शक्ति के चरम पर रहल। ई मंदिर 438 BC में बन के पूरा भइल हालाँकि, एकरे सजावट के काम 432 BC तक ले भइल। क्लासिकाल यूनानी जुग के ई सभसे महत्व वाली इमारत बचल बा। एकरा के डोरिक ऑर्डर के सर्वोच्च रचना मानल जाला आ एकरे सजावट के काम यूनानी कला के बेहतरीन नमूना के रूप में देखल जाला। पार्थेनन के प्राचीन यूनान, एथेंस के डेमोक्रेसी, आ पच्छिमी सभ्यता के प्रतीक (चीन्हा) के रूप में देखल जाला,[6] आ दुनिया के सभसे महान सांस्कृतिक इस्मारक सभ में गिनल जाला।
Quick Facts पार्थेनन, General information ...
पार्थेनन | |
---|---|
Παρθενώνας | |
General information | |
Type | टेम्पल |
Architectural style | क्लासिकल |
Location | एथेंस, यूनान |
Construction started | 447 ईपू[1][2] |
Completed | 432 ईपू[1][2] |
Destroyed | कुछ हिस्सा 26 सितंबर 1687 |
Height | 13.72 मी (45.0 फीट)[3] |
Dimensions | |
Other dimensions | Cella: 29.8 बाई 19.2 मी (98 बाई 63 फीट) |
Technical details | |
Size | 69.5 बाई 30.9 मी (228 बाई 101 फीट) |
Design and construction | |
Architect | Iktinos, Callicrates |
Other designers | Phidias (sculptor) |
Close