मानव भूगोल के एगो बिचारधारा From Wikipedia, the free encyclopedia
पर्यावरणी डिटरमिनिज्म (अंग्रेजी: environmental detterminism[1]) चाहे भूगोलीय डिटरमिनिज्म (geographical detterminism) मानव भूगोल आ सांस्कृतिक भूगोल के एगो बिचारधारा चाहे नजरिया (व्यू प्वाइंट) हवे जे ई माने ला कि कौनों क्षेत्र बिसेस के भौतिक पर्यावरण ओह जगह के मनुष्य के जिनगी आ ओहिजे मनुष्य के कामकाज आ सांस्कृतिक-इतिहासी बिकास के निश्चित भा निर्धारित करे ला। आसान शब्द में, कौनों जगह के पर्यावरण ओहिजे के मानवीय भूगोल के तय करे ला।
एह बिचारधारा के जोर मूल रूप से जर्मनी में रहल आ फ्रेडरिक रेटजेल के एकर अगुआ मानल जाला। अमेरिकी भूगोलवेत्ता लोगन में रेटजेल के शिष्या ई. सी. सेम्पुल एकर कट्टर समर्थक रहली। भूगोल के चिंतन में एह बिचारधारा खिलाफत भा कंपटीशन में संभववाद के बिचारधारा[2] जनमल जेकर चलन फ्रांस में भइल। बाद में एह बिबाद के बीचा में समझौता के रूप में ई मानल गइल कि ई दुनों बिचार अति के समर्थक बाड़ें।
हिंदी भाषा में एकरा के पर्यावरणीय नियतिवाद चाहे पर्यावरणीय निश्चयवाद के नाँव से जानल जाला। एकरे आगे के बहस में नियो-डिटरमिनिज्म, आ प्रसंभववाद के बिकास भइल।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.