पजल (अंग्रेजी: Puzzle; पज़ल) चाहे दिमागी कसरत, अइसन खेल, समस्या चाहे खेलौना होला जेकर मकसद केहू बेकत के चतुराई, बुद्धिमानी भा ज्ञान के परीक्षा लिहल होखे ला। पजल खेले वाला से ई उमेद कइल जाला कि ऊ टुकड़ा सभ के (चाहे ऊ भौतिक रूप से होखें भा जानकारी के रूप में) एगो तार्किक बिधी से जोड़े भा बेवस्थित करे आ अंत में सही निष्कर्ष भा कौनो मजेदार रिजल्ट ले चहुँपे।

शब्द अंग्रेजी भाषा के हवे, एकर मतलब "दिमागी कसरत" या "दिमागी कसरत करवावे वाली चीज" से हवे।

एह पजल सभ के कई परकार होलें। कंबीनेशन पजल (रूबिक्स क्यूब नियर खेलौना), चाहे शब्दखोज संबंधी (क्रासवर्ड-पजल), नंबर-पजल (सु-डो-कू), तर्क संबंधी (जइसे शतरंज के समस्या) आदि-आदि।

ई सभ खेल आ मनोरंजन के बिसय हो सके लीं; केहू के परीक्षा के तरीका हो सके लीं या फिर वास्तव में गणिततर्कशास्त्र के सोझा अइसन समस्या के रूप हो सके लीं जहाँ साँचो में मामिला अटक गइल होखे।

इहो देखल जाय

Wikiwand in your browser!

Seamless Wikipedia browsing. On steroids.

Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.

Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.