नेपाल भाषा या नेवारी नेपाल मे बोलल जाए वाली भाषा बाटे| ई भाषा चिनी-तिब्बती भाषा परिवार अन्तर्गत तिब्बती-बर्मेली समुह मे संयोजित ह।

Quick Facts नेवार, मूलभाषा बाटे ...
नेवार
नेपाल भाषा
नेवाः भाय्, (Newāh Bhāy)
मूलभाषा बाटेनेपाल
नृजातीयता12.6 लाख नेवार लोग (2001 जनगणना ?)[1]
मूल बोले वाला
860,000 (2011 जनगणना)[2]
चीनी-तिब्बती
  • महाकिरांती ?
    • नेवार
प्रारंभिक रूप
क्लासिकल नेवारी
  • नेवार
बोली सभ
दोलखी
सिंधुपलचौक
काठमाण्डौ
ललितपुर
भक्तपुर
बनेपा
हेटौडा
धनकुटा
चितलंग
देवनागरी, पुरान समय में बिबिध नेवारी अक्षर
ऑफिशियल स्टेटस
नियमित कइल जाले नेपाल भाषा एकेडमी
नेपाल भाषा परिषद
भाषा कोड
ISO 639-2new
ISO 639-3Either:
new  नेवारी
nwx  Middle Newar
Linguist list
nwx Middle Newar
Glottolognewa1247[3]
This article contains IPA phonetic symbols. Without proper rendering support, you may see question marks, boxes, or other symbols instead of Unicode characters.
Close

वर्गीकरण

यह भाषा चीनी-तिब्बती भाषा परिवार के अन्तर्गत तिब्बती-बर्मेली समुह मे संयोजित बा।

लिपि

नेपाल भाषा कई ठे लिपि सभ में लिखल जाले, हालाँकि, ई सगरी बायें से दहिने लिखल जाए वाली लिपि हई सँ। नीचे इनहन के लिस्ट दिहल जात बा:

  • ब्राह्मी लिपि
  • कुटिला लिपि
  • गुप्त लिपि
  • प्रचलित लिपि
  • रञ्जना लिपि
  • भुजिंम्व: लिपि
  • लितुम्व: लिपि
  • क्वेँय् म्व: लिपि
  • पाचुम्व: लिपि
  • हिंम्व: लिपि
  • गोलम्व: लिपि
  • कुंम्व: लिपि

विकासक्रम

नेपाल भाषा काठमाडौं क मौलिक भाषा ह। एकर उत्पत्ति काठमाडौं मे भइल। काठमाडौं मे किरांत शासन के समय मे ए भाषा पर किरांती भाषा क प्रभाव परल। तिब्बत से सदियन ले ब्यापार के कारन ए भाषा में तिब्बती भाषा के परभाव लउके ला। लिच्छवी काल आ मल्ल काल मे संस्कृत भाषा का प्रभाव ए भाषा मे लउके लागल।

तिब्बती-बर्मेली भाषा परिवार क भाषा होखले के बावजूद सालन ले भारोपेली भाषा के साथ रहल संबंध नेपाल भाषा की स्वरूप के, बिसेस रूप से नामपद के, थोडा भारोपेली जइसन बना दिहले बा।

नेपाली मिडिया मे निजि क्षेत्र के संलग्नता से ए भाषा मे बिकास आ सुधार भइल बा।

साहित्य

नेपाल भाषा साहित्य की सुरुवात क कौनों इतिहासी प्रमाण नइखे| एकर बिकास आ बिस्तार लिच्छवी आ मल्ल काल भइले के तथ्य के पुष्टि ओह जमाना के रचित विभिन्न नाटक, गीत, काव्य आ तत्कालीन शिलालेख सब से होला।

नेपाल भाषा के महाकवि सिध्दिदास महाजु हवें।

कुछ साहित्यकार

  • जयन्त वर्मा
  • लुन्तभद्र बज्राचार्य
  • जय प्रकाश मल्ल
  • सिद्धिदास महाजु
  • सिद्धिचरण श्रेष्ठ
  • शुक्रराज जोशी शास्त्री
  • चित्तधर "हृदय"
  • धूस्वां सायमी
  • बासु पासा

कुछ उदाहरण

नीचे नेपाल भाषा क कुछ शब्द आ वाक्य दिहल जात बा; बगल में भोजपुरी समानार्थी भी दिहल गइल बा:

More information नेपाल भाषा, भोजपुरी ...
नेपाल भाषा भोजपुरी
ज्वजलपा नमस्ते
छिगु नां छु ख? राउर नाँव का ह?
जिगु नां _____ ख हमार नाँव ______ ह
न्हुगु दं या भिन्तुना ! नववर्ष क शुभकामना!
यमा मां
अबु पिता
अजी दादी, नानी
अजा दादा, नाना
पासा मित्र, दोस्त
गुठी संस्था
छें घर
मनु आदमी
वास औषधी
बुखं समाचार
प्याखं नाच
दबली स्टेज
लायकू दरबार
ज्यास: ऑफिस
पस:/ पसल दोकान
चूक चौक
न्हेपू दिमाग
नूग मन
ल / ना पानी
Close

संदर्भ

बाहरी कड़ी

Wikiwand in your browser!

Seamless Wikipedia browsing. On steroids.

Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.

Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.