![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/b/b6/Essais_Titelblatt_%25281588%2529.png/640px-Essais_Titelblatt_%25281588%2529.png&w=640&q=50)
निबंध
छोटहन लिखल रचना जे अक्सर लेखक के निजी नजरिया से लिखल होखे ला / From Wikipedia, the free encyclopedia
निबंध (अंग्रेजी: essay) आमतौर प कौनों बिसय बिसेस पर लिखल छोटहन साइज के साहित्यिक रचना होला जे बिश्लेषण आ इंटरप्रेटेशन प्रस्तुत करे ला बाकी बिसय प सीमित नजरिया से, लेखक के निजी बिचार के नियर लिखल जाला;[1] बहुधा इस्कूल में बिद्यार्थी लोगन द्वारा कोर्स के हिस्सा के रूप में लिखल जाला;[2] रिसर्च पेपर भा थीसिस से कम औपचारिक आ कम बेवस्थित तरीका से लिखल होला।[3]
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/b/b6/Essais_Titelblatt_%281588%29.png/640px-Essais_Titelblatt_%281588%29.png)
आमतौर पर निबंध के इस्तेमाल साहित्यिक समालोचना, राजनीतिक घोषणापत्र, सीखल तर्क, दैनिक जीवन के अवलोकन, संस्मरण आ लेखक के निजी चिंतन के प्रगट करे के रूप में कइल जाला। लगभग सगरी आधुनिक निबंध गद्य में लिखल जालें, बाकी छंद में लिखल रचना सभ के भी निबंध के नाँव दिहल गइल बा (जइसे कि अलेक्जेंडर पोप के एन एसे ऑन क्रिटिसिज्म आ एन एसे ऑन मैन)। जबकि संक्षिप्तता आमतौर पर निबंध के परिभाषित करे ले, जॉन लॉक के एन एसे कंसर्निंग ह्यूमन अंडरस्टैंडिंग आ थॉमस माल्थस के एन एसे ऑन द प्रिंसिपल ऑफ पॉपुलेशन नियर बड़हन रचना सभ एकर प्रतिउदाहरण बाड़ीं स।
कुछ देस सभ में (जइसे कि अमेरिका आ कनाडा में) निबंध औपचारिक शिक्षा के प्रमुख हिस्सा बन चुकल बा।[4] माध्यमिक दर्जा (इंटरमीडिएट) के छात्रन के लिखे के निपुणता में सुधार खातिर ढाँचा में बन्हल निबंध फार्मेट सिखावल जाला; एडमिशन निबंध के इस्तेमाल अक्सर विश्वविद्यालय सभ द्वारा अप्लिकेशन करे वाला लोगन के चुने में कइल जाला आ मानविकी आ सामाजिक बिज्ञान में निबंध के इस्तेमाल अक्सर अंतिम परीक्षा के दौरान छात्र लोग के परफार्मेंस के आकलन करे के तरीका के रूप में कइल जाला।
"निबंध" के कांसेप्ट खाली भर लिखला से ऊपर उठ के अउरियो मीडिया तक पहुँचावल गइल बा। फिलिम निबंध अइसन फिलिम होखे लीं जिनहन में अक्सर डॉक्यूमेंट्री फिलिम बनावे के शैली के सामिल कइल जाला आ कौनों बिसय भा बिचार के बिकास पर ढेर फोकस कइल जाला। फोटोग्राफिक निबंध में कौनों बिसय के फोटो के लिंक कइल शृंखला के साथ सामिल कइल जाला जेह में पाठ भा कैप्शन भी जुड़ल हो सके ला।