From Wikipedia, the free encyclopedia
निपाह वाइरस इन्फेक्शन (NiV) जीव सभ में वाइरस के एक तरह के इन्फेक्शन बाटे जे हेनिपावाइरस जाति के निपाह वाइरस से होखे ला। सगरी हेनिपावाइरस सभ चमगादुर में प्राकृतिक रूप से पावल जालें आ इनहन से पालतू जानवर आ आदमिन के भी इन्फेक्शन होखे के खतरा बा।[1] एकर पहिचान सभसे पहिले फलभक्षी चमगादड़ में भइल जे एकर प्राकृतिक होस्ट हवे।[2] कुल 582 गो मनुष्य में निपाह वाइरस के इन्फेक्शन रिकार्ड कइल गइल बा, एह में 54 प्रतिशत जानलेवा इन्फेक्शन रहलें।[3][4] एही कारण ई चिंता के बिसय के रूप में सोझा आइल बाटे।
निपाह वाइरस इन्फेक्शन Nipah virus infection | |
---|---|
हेनिपावाइरस के रूपरचना | |
मेडिकल ब्रांच | Infectious diseases |
लच्छन | बोखार, कपार बथल, साँस के समस्या |
रोग बिगड़ले पर | एन्सेफेलाइटिस आ कोमा |
कारन | निपाह वाइरस |
रिस्क रहेला | संपर्क में आवे वाला लोग के |
बिस्व स्वास्थ्य संगठन (डब्लूएचओ) के अनुसार, अभिन तक ले एकर कौनों टीका (वैक्सीन) ना बा आ इलाज के तरीका इंटेंसिव सपोर्ट देखभाल भर बाटे।[5]
इन्फेक्शन होखे के बाद एकर चीन्हा आ लच्छन 3–14 दिन के बाद देखाई पड़े सुरू हो जालें। सुरुआती लच्छन में बोखार भइल, कपार बथल, ओंघाईल रहल आ बाद में आगे चल के दिमागी बिचलन आ मानसिक कन्फ्यूजन होखे ला। ई लच्छन सभ कभी-कभार बस 24–48 घंटा में भी कोमा में बदल सके लें। एकरे साथे साथ एन्सेफेलाइटिस (दिमाग में सूजन भा आम भाषा में दिमागी बोखार) भी जुड़ के मामिला के अउरी जटिल बना सके ला। बेमारी के सुरुआती अवस्था में साँस के परेशानी सभ भी देखल जा सके लीं।[2] अइसन मरीज लोग जेकरा ई इन्फेक्शन भइल होखे आ साँस के समस्या (जोखाम-खांसी) से भी परभावित होखे, ढेर चानस रहे ला कि अइसन लोग से दुसरहा बेकती के भी ई वाइरस इन्फेक्शन हो जाव।[6] अगर ई कौनों इलाका में महामारी के रूप में फइल जाय, ई लच्छन सभ वाला ब्यक्ति लोग के एह बेमारी होखे के चानस रहे ला।
अइसन लोग जे एह वाइरस से ग्रस्त होखे, ओह लोग से अस्पताल के कर्मचारी जइसे कि नर्स आ देखभाल करे वाला लोग के ई इन्फेक्शन हो जाए के काफी रिस्क रहे ला। मलेशिया आ सिंगापूर में इहो देखल गइल बा कि एह वाइरस से ग्रस्त सूअर सभ के नजदीकी के कारन भी मनुष्य में एकर इन्फेक्शन भ गइल। भारत आ बांग्लादेस में, अइसन तरकुल के फेड़ के ताड़ी से ई इनफेक्शन भइल बा जेह पर एह वाइरस वाला गादुर रहत होखें।[7]
निपाह वाइरस के फइलाव (सामयिक प्रस्फोट - आउटब्रेक) सभ कई देसन में रिकार्ड कइल गइल बाड़ें; मलेशिया, सिंगापुर, बंगलादेश आ भारत एह में सामिल बाड़ें। एह वाइरस से सभसे ढेर मौत के दर बांग्लादेश में देखल गइल बा आ इहाँ ई टिपिकल रूप में जाड़ा के सीजन में फइले ला अइसन पावल गइल बा।[8] पहिली बेर ई वाइरस साल 1998 में मलेशिया के प्रायदीपी इलाका के सूअर आ सूअर पाले वाला किसान लोग में देखल गइल। साल 1999 के बीच तक, मलेशिया में कुल 265 से ढेर आदमिन में एन्सेफेलाइटिस के केस सोझा आइल, कुल 105 लोग के मौत दर्ज कइल गइल, जबकि कुल 11 गो केस एन्सेफेलाइटिस भा साँस के समस्या के सिंगापुर में सोझा आइल।[9] साल 2001 में, एह वाइरस के प्रकोप बांग्लादेस के मैहरपुर जिला में सोझा आइल[10][11] आ भारत के सिलिगुड़ी में दर्ज कइल गइल।[10] अइसन प्रस्फोट फिन से दोबारा 2003, 2004 आ 2005 में नवगाँव जिला, मानिकगंज जिला, राजबारी जिला आ तंगैल जिला में सोझा आइल।[11]
बांग्लादेस में एकरे बाद के साल सभ में भी वाइरस के प्रकोप देखल गइल।[12][4] मई 2018 में, भारतीय राज्य केरल के कोज्झीकोड़ जिला में एह वाइरस के प्रकोप फइले के रपट आइल,[13] दस लोग के मौत एह कारन दर्ज कइल गइल जेह में स्वस्थ्यकर्मी लोग भी सामिल बा।[14] जे लोग मरल बा ऊ ज्यादातर कोज्झिकोड़ आ मल्लापुरम जिला से बा, एह अइसन मरीजन के देखरेख करे वाली 31-बरिस के नर्स भी सामिल बाड़ी। 23 मई 2018 तक ले [update], करीबन 8 लोग के अलगा रोक के रखल गइल बा काहें से कि ई लोग बेमार लोग के संपर्क में आइल रहल।[15][16] हिमाचल प्रदेश में मुर्दा चमगादुर मिले के कारन एकरे प्रकोप फइले के खतरा खाती भी सतर्कता के खबर आइल।[17]
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.