नारियल पानी
From Wikipedia, the free encyclopedia
नारियल पानी नारियल के फर के भीतर मौजूद पानी हवे जेकर इस्तेमाल सीधे पिए वाला चीज के रूप में होला। एकदम नया हरियर नारियल के ढाभ कहल जाला आ एकरा के सीधे नारियल के एक माथ काट के स्ट्रा लगा पियल जा सके ला जबकि पाकल नारियल के खोल के भीतर जे पानी होला ओकरा के भी पियल जा सके ला। गरम देसन में डाभ के पानी एगो बहुल चलनसार पेय हवे।
![नारियल खोल अउरी गिलास में पानी।](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/5/52/Fresh_coconut_water.jpg/320px-Fresh_coconut_water.jpg)
बनस्पति बिज्ञान के हिसाब से देखल जाय तब ई पानी नारियल के नया पौधा जामे से पहिले अंदर की ओर निकले वाला अँखुआ (इंडोस्पर्म) के सपोर्ट करे के कामे आवे ला।[1]