नर्मदा नदी
भारत में, अरब सागर में गिरे वाली एगो प्रमुख नदी / From Wikipedia, the free encyclopedia
नर्मदा चाहे नर्बदा[3][4][5] नदी भारत में बहे वाली एगो महत्वपूर्ण नदी ह। ई बिचला भारत के राज्य मध्य प्रदेश में अमरकंटक पहाड़ से निकल के पूरूब से पच्छिम दिसा में बहे ले आ लगभग 1,312 किमी (815.2 मील) के लंबाई वाली ई नदी अंत में खंभात के खाड़ी, अरब सागर में गिरेले।[6][7]
Quick Facts देस, राज्य ...
नर्मदा | |
नर्बदा, रेवा | |
नदी | |
जबलपुर के लगे नर्मदा के तीर | |
देस | भारत |
---|---|
राज्य | मध्य प्रदेश, महाराष्ट्र, गुजरात |
सहायिका | |
- बायें से | बुढ़नेर नदी, बंजार नदी, शेर नदी, शक्कर नदी, दुधी नदी, तवा नदी, गंजाल नदी, छोटा तवा नदी, कावेरी नदी, एमपी, कुंडी नदी, गोई नदी |
- दहिने से | हीरन नदी, तेंदोनी नदीr, चोरल नदी, कोलार नदी, मान नदी, उड़ी नदी, हतनी नदी, ओरसांग नदी |
शहर | डिंडोरी, जबलपुर, हरदा, मांधाता, बरवानी, ओंकारेश्वर, बरवाहा, माहेश्वर, मांडला, भरूच, राजपीपल, धर्मपुरी, वडोदरा, राजकोट |
उदगम | नर्मदा कुंड |
- लोकेशन | अमरकंटक पठार, अनूपपुर जिला, बिचला भारत, मध्य प्रदेश |
- ऊँचाई | 1,048 मी (3,438 फीट) |
- निर्देशांक | 22°40′0″N 81°45′0″E |
मुहाना | खंभात के खाड़ी, अरब सागर |
- लोकेशन | भरूच जिला, गुजरात |
- ऊँचाई | 0 मी (0 फीट) |
- निर्देशांक | 21°39′3.77″N 72°48′42.8″E |
लंबाई | 1,312 किमी (815 मील) लगभ. |
जलनिकास | |
- औसत | 1,447 m3/s (51,100 cu ft/s) [1] |
Discharge elsewhere (average) | |
- गरुडेश्वर | 1,216 m3/s (42,943 cu ft/s) [2] |
नर्मदा के मारग, कुछ सहायिका आ मोटामोटी एकरे बेसिन के बिस्तार देखावत नक्शा |
Close
नदी अपना लगभग पूरा लंबाई में एगो भ्रंश घाटी से हो के बहे ले आ एही कारन एकर बेसिन एरिया पूरूब से पच्छिम ओर पट्टी के रूप में बा आ उत्तरी आ दक्खिनी किनारे पर परबत श्रेणी खड़ा बाड़ी। परंपरागत रूप से बिंध्य परबत आ नर्मदा के उत्तर भारत आ दक्खिन भारत के बीचा के बिभाजक मानल जाला।[8] नर्मदा के पहिला साहित्यिक उल्लेख कालीदास के रघुवंश काब्य में "रेवा" नाँव से मिले ला।[9] एकरे साथे कई किसिम के कथा भी जुड़ल बा।[5] भारत के हिंदू परंपरा में एह नदी के बहुत पबित्र मानल जाला।[10]