ध्रुवीय भालू
From Wikipedia, the free encyclopedia
ध्रुवीय भालू (अंग्रेजी: Polar bear, पोलर बियर; बैज्ञानिक नाँव: Ursus maritimus, उर्सस मैरिटिमस) एक तरह के भालू हवे जे अतिमांसाहारी होला, उज्जर चाहे कुछ पियाराहूँ उज्जर रंग के होला, आ ई आर्कटिक इलाका के मूल जानवर हवे जे आर्कटिक महासागर आ आसपास के जमीनी इलाका सभ ले बिचरण करे लें। ई बहुत बिसाल साइज के जानवर हवे जे सर्वाहारी, मने की मांस आ अन्य दूसरो चीज खाए वाला, कोडियाक भालू के बरोबर साइज के होला।[2] आम जवान नर ध्रुवीय भालू के वजन 350–700 किग्रा (772–1,543 पाउंड) होला,[3] जबकि मादा के वजन लगभग आधा होखे ला।
Quick Facts ध्रुवीय भालू Polar bear समय बिस्तार: प्लीस्टोसीन-अबतक, संरक्षण स्थिति ...
ध्रुवीय भालू Polar bear समय बिस्तार: प्लीस्टोसीन-अबतक[1] | |
---|---|
अलास्का, अमेरिका में एगो मादा | |
बैज्ञानिक वर्गीकरण | |
किंगडम: | एनिमेलिया (Animalia) |
फाइलम: | कार्डेटा (Chordata) |
क्लास: | मैमेलिया (Mammalia) |
ऑर्डर (Order): | कार्नीवोरा (Carnivora) |
परिवार: | Ursidae |
जाति (Genus): | Ursus |
प्रजाति: | U. maritimus |
दूपद नाँव | |
Ursus maritimus Phipps, 1774 | |
ध्रुवीय भालू के निवास इलाका |
Close
ध्रुवीय भालू धरती के जमीनी हिस्सा पर पावल जाए वाला सभसे बिसाल मांसाहारी जानवरन में बा आ एकरा टक्कर के दूसर जानवर बस कोडियाक भालुए भर बाटे।[4]