![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/b/b6/Deepika_Padukone_Cannes_2018_%2528cropped%2529.jpg/640px-Deepika_Padukone_Cannes_2018_%2528cropped%2529.jpg&w=640&q=50)
दीपिका पादुकोण
भारतीय फिलिम ऐक्ट्रेस / From Wikipedia, the free encyclopedia
दीपिका पादुकोण (जनम: 5 जनवरी 1986) एक ठो भारतीय फिलिम ऐक्ट्रेस बाड़ी। दीपिका के हिंदी सिनेमा में एक्टिंग करे खातिर बॉलीवुड ऐक्ट्रेस के रूप में जानल जाला। पादुकोण के कई ठे अवार्ड मिल चुकल बाड़ें जेह में फिल्फेयरो सामिल बा।
दीपिका पादुकोण | |
---|---|
![]() दीपिका पादुकोण 2018 के कान फिलिम फेस्टिवल में | |
Born | (1986-01-05) 5 जनवरी 1986 (उमिर 38) कोपेनहेगन, डेनमार्क |
Nationality | भारतीय |
Occupation | ऐक्ट्रेस |
Years active | 2005–अबतक |
Spouse | |
Parent |
|
Website | deepikapadukone.com |
बैडमिंटन खिलाड़ी प्रकाश पादुकोण के बेटी पादुकोण के जनम कोपेनहेगन में भइल रहे आ इनकर परवरिश बंगलौर में भइल। किशोरावस्था में ऊ राष्ट्रीय स्तर के चैम्पियनशिप में बैडमिंटन खेलत रहली बाकिर एह खेल में आपन कैरियर छोड़ के फैशन मॉडल बन गइली। जल्दिये इनके फिलिमी भूमिका खातिर ऑफर मिलल आ ऊ 2006 में कन्नड़ फिलिम ऐश्वर्या के टाइटिल किरदार के रूप में अभिनय के शुरुआत कइली। एकरे बाद पादुकोण अपना पहिली बॉलीवुड रिलीज रोमांस ओम शांति ओम (2007) में शाहरुख खान के साथ डबल रोल निभवली जेह में इनके बेस्ट फीमेल डेब्यू खातिर फिल्मफेयर अवार्ड मिलल। पादुकोण के रोमांस फिलिम लव आज कल (2009) में अभिनय करे वाली भूमिका खातिर तारीफ मिलल, बाकी एकरे बाद कुछ समय खातिर झटका लागल।