From Wikipedia, the free encyclopedia
दिल्ली सल्तनत एगो इस्लामी राज रहल जेकर केंद्र दिल्ली रहल आ ई भारतीय उपमहादीप के बड़हन हिस्सा पर लगभग 320 साल (1206–1526) ले कायम रहल।[1][2] एह साम्राज्य के तहत कुल पाँच गो बंस शासन कइलेन: मामलुक बंस (1206–90), खिलजी बंस (1290–1320), तुगलक बंस (1320–1414),[3] सैय्यद बंस (1414–51), आ लोदी बंस (1451–1526)। ई सल्तनत कुछ ओह ताकत सभ में गिनल जाले जे मंगोल हमला के खिलाफ खड़ा भइलीं,[4] एह काल में पूरबी भारत आ बंगाल में बौद्ध धरम के क्षय भइल,[5][6] इस्लामी इतिहास में पहिली बेर कौनों मेहरारू शासक बनल जब रज़िया सुल्तान 1236 से 1240 ले शासन कइली।[7]
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.