चीन में एगो पुल From Wikipedia, the free encyclopedia
दानयांग-कुनशान ग्रांड पुल एगो 164.8-किलोमीटर (102.4-मील) लमहर वियादक्ट बा जे बीजिंग-शंघाई हाई स्पीड रेलवे के रास्ता में बा। ई दुनियाँ के सभसे लमहर पुल बाटे।[2]
दानयांग-कुनशान ग्रांड पुल | |
---|---|
लोकेशन | 31.597837°N 120.456848°E |
इस्तेमाल | रेल |
जगह | चीन के जियांगसु प्रांत |
बिसेसता | |
कुल लंबाई | 164.8 किलोमीटर (102.4 मील) |
इतिहास | |
बनावे सुरू | ca. 2006[1] |
पूरा भइल | 2010 |
खोलल गइल | 30 जून 2011 |
ई पुल पूरबी चीन के जियांगसु प्रांत में बा आ शंघाई आ नानजिंग के बीच के रेलवे लाइन पर बनल बाटे। ई पुल यांगत्जी नदी के डेल्टा वाला इलाका में बनल हवे जहाँ कि एकदम से निचाई वाली जमीन बा आ धान के खेत, नहर, झील आ छोट-छोट नद्दी सभ के इलाका हवे। पुल, यांगत्जी नदी के लगभग समांतर होखे गुजरे ला आ करीबन 8 से 80 किमी (5 से 50 मील) दक्खिन ओर बा। ई कई जो आबादी वाला जगह सभ के उत्तर से होक गुजरे ला जिनहन में दान्यांग, चांगझोऊ, वूक्सी, सुझोऊ, आ कुनशान (पच्छिम से पुरुब के ओर) बाड़ें। एह पुल के करीबन 9-किलोमीटर लमहर (5.6-मील) खंड पूरा तरीका से पानी के ऊपर बा जे सुझोऊ के यांगचेंग झील के ऊपर से गुजरे ला।[1]
ई पुल साल 2010 में बन के पूरा भइल आ साल 2011 आवाजाही खातिर खोल दिहल गइल। एकरा बनावे में करीबन 10,000 लोग लागल रहे आ निर्माण के काम कुल चार साल ले चलल, निर्माण के कुल लागत लगभग $8.5 बिलियन आइल। दानशान कुनयांग ग्रैंड ब्रिज, साल 2011 तक ले के रिकार्ड अनुसार गिनीज बुक ऑफ वल्ड में सभसे लमहर पुल के रिकार्डधारी पुल के रूप में दर्ज बा।[3]
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.