ट्रिपल सी
भारत में कंप्यूटर साइंस के एगो बेसिक कोर्स / From Wikipedia, the free encyclopedia
ट्रिपल सी (अंग्रेजी: CCC), पूरा नाँव कोर्स ऑन कंप्यूटर कॉन्सेप्ट्स (Course on Computer Concepts) एगो कंप्यूटर कोर्स हवे जे भारत में 'राष्ट्रीय इलेक्ट्रॉनिकी आ इन्फार्मेशन टेक्नालॉजी इंस्टिट्यूट' (NIELIT) द्वारा चलावल जाला। ई कोर्स 2 हप्ता के होला आ आम लोगन खाती इन्फॉर्मेशन टेक्नोलॉजी (IT) के जानकारी देवे खातिर डिजाइन कइल गइल हवे। एह तरीका के आम जानकारी के अलावा एकर उपयोग कंपटीशन एक्जाम सभ में भी बाटे आ कई अइसन नोकरी वाला परीक्षा बाड़ी स जिनहन में ट्रिपल सी पास होखल माँगल जाला।
कोर्स ऑफलाइन आ ऑनलाइन दुनों तरीका से उपलब्ध बाटे आ हर महीना एकर परीक्षा करावल जाला जेह में परीक्षार्थी के 90 मिनट में 100 गो सवालन के जबाब देवे के होला।